नया नगर बरसाईं जा: हरेश्वर राय

उ घर, घर ना हs जवना प कवनों छानी ना होखे
 उ नैन कइसन, जवना में कवनो पानी ना होखे।

दाम्पत्य के देवाला निकले में इचको देर ना लागे
त्याग-समर्पन के राही जदि दूनों परानी ना होखे।

दिल के अइसन सिंघासन के का मतलब हरेश्वर
जवना प बइठल कवनो रानी-महरानी ना होखे।

ओह जिनिगिया के कीमत दू कौड़ी के रहि जाला
जवना में चानी काटे के कवनो कहानी ना होखे।

अब चलीं सभे चलीं जा एगो नया नगर बसाईं जा
जहां खाली प्यारे- मोहब्बत होखे, सैतानी ना होखे।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'