लोगे हंसी ठठाय

लिट्टी चोखा खाइ के ठंढा पानी पीहीं।
संतोषं परम सुखम के संगे रवा जीहीं।।

रसगुल्ला के चाह बड़ी बाउर होखेला।
बिन अरथ करत फिरी मत हींहींहींहीं।।

राउर फाटल देख के लोगे हंसी ठठाय।
अपने सुई धागा से आपन गुदरी सीहीं।।

याद करीं ऊपरवाला कतना दिहले बा।
ओही में से थोर बहुत दोसरा के दीहीं।।

जनम भइल बा त मरन त होइबे करी।
एह सांच के गांठी में रवा गंठिया लीहीं।।

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'