जहर घोराइल बा।

हर सहर के हावा में, अब जहर घोराइल बा।
हर दर्द के दावा के, अब असर ओराइल बा।।

मासूम के चेहरा पर, बा घाव भइल बड़हन।
फेर भीड़ के हाथन से, निरदोस हताइल बा।।

हर आस के पतई पर, ओलन के मार परल।
हर दिल के डेहरिन में, अरमान तंवाइल बा।।

आचरन के समएना में, बा छेदे- छेद भइल।
साधुन के आवरन में, फेरु चोर धराइल बा।।

बा हाल बुरा नगरन के, चउपट बड़ुए रजवा।
कोइला हीरवा दूनहूं, एके मोल बेंचाइल बा।।

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'