कक्काजी: हरेश्वर राय
कतना करीं बड़ाई कक्का
रउआ बड़ी महान हईं।
रउआ बड़ी महान हईं।
अइसन चाल चलीला जेकर, खोजे ना मिले काट
चानी- सोना से बकसा फाटे, पहिन चलीला टाट
पागल गज के ऊपर बैठल
कक्का रउरा पिलवान हईं।
फूलवा में बैठल नाग रवा, आस्तीन के सांप रवा
रउरा अपने में आप हईं, आ माहील के बाप रवा
आग लगावेवाली रउरा
माचिस के दोकान हईं।
दउरि दउरि के पीअले बानी, पनिया घाटे- घाट
खटिये बैठल रावा लगाईं, गजब- गजब के साट
छक्का पर छक्का मारीला
कक्का रउरा कप्तान हईं।
टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें